सिनेमा भोजपुरी में बिंदु दारा सिंह

बिग बॉस विजेता रह चुकल बिंदु दारा सिंह अब भोजपुरी फिल्म “विध्वंस’ में आपन जलवा देखावत लउकीहें. ईन्वेन्ट्रा इंटरटेनमेंट क पेशकश फिलिम “विध्वंस” में बिंदु अगो अन्धविश्वासी नरभक्षी बनल बाड़े जे छोटहन बच्चन के अपहरण कइला क बाद ओकनी के मार के खा जात बा. निठारी हत्याकांड पर आधारित एह फिल्म से बिंदु पहिला बेर भोजपुरी फिल्म में इन्ट्री लेत बाड़े. एहसे पहिले उनुकर पिता दारा सिंह अनेके भोजपुरी फिलिम कर चुकल बाड़े.

बिंदू के कहना बा कि भोजपुरी फिल्मोद्योग अब विकसित हो गइल बा आ कवनो कलाकार एकर अनदेखी ना करि सके अब. बिंदु एह फिलिम का माध्यम से एगो बड़हन दर्शक समुदाय से जुड़े के तमन्ना रखले बाड़े.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..