‘किसना कईलस कमाल’ शुक से मुंबई में

भोजपुरी सुपर स्टार विनय आंनद के फिलिम ‘किसना कईलस कमाल’ शुक का दिने मुंबई में हंगामा बरसावे आवे वाली बा. एह फिल्म में विनय आनंद क नायिका बाड़ी गुंजन पंत. ‘किसना कईलस कमाल’ के निर्माता हउवें लक्ष्मण आर. पांडे आ निर्देशक हउवें चुनमुन पंडित.

विनय आनन्द के एगो अउर फिलिम ‘पागल प्रेमी’ओ खूबे चर्चा में बिया. इहो फिलिम जल्दिये रिलीज होखी. ‘पागल प्रेमी’ के निर्माता नवीन कुमार सिंह आ निर्देशक अजय कुमार हउवें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts