सीमा सिंह कहऽतारी कि ‘ठोक देब’

Seema-Pawan-ThokDebसिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंहो कम दबंग थोड़े हई. पिछला दिने सीमा सिंह निर्देशक अजय कुमार के फिलिम ‘ठोक देब’ के शूटिंग खातिर राजपिपला में अइली त उनकर एक झलक देखे खातिर बड़हन भीड़ जुट गइल. सीमा सिंह अपना प्रशंसकन के आटोग्राफ देत लिखत गइली कि ‘ठोक देब’ फ्राम सीमा सिंह. अब सीमा सिंह के ई दबंग ऑटोग्राफ पाके बहुते लोग के बुझइबे ना कइल कि का होखत बा. बाद में पता चलल कि ऊ त अपना फिलिम ‘ठोक देब’ के प्रमोट करे में लागल बाड़ी.

जान जाईं जे सीमा सिंह जबे कवनो फिलिम के शूटिंग करेली त ओह फिलिम के प्रोमोट करे में कवनो कोर कसर ना छोड़सु. ‘ठोक देब’ फिलिमो ला इहे कइली सीमा सिंह आ उनकर ई दबंगई देख सभे हरान रह गइल. ‘ठोक देब’ में नायक बाड़न भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह आ नायिका बाड़ी अक्षरा सिंह. बाकिर सीमा सिंह के दबंगई देखे लायक रहल.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।