सीमा सिंह चिंगारी से खेलीहें


भोजपुरी सिनेमा के आयटम गर्ल सीमा सिंह के सीन आवे आ देखेवाला लोग सीटी ना बजावे से होइये ना सके. अब दर्शकन का दिल में आग पैदा करे वाली सीमा भोजपुरी फिल्म “चिंगारी” में नायिका बन के आवत बाड़ी. सीमा एहसे पहिले पवन सिंह का साथे “चोरवा बनल दामाद” में नायिका बन के आइल रहली बाकिर उनकर ध्यान नायिका से बेसी आयटम नंबर करे पर रहेला. एक एक दिन में तीन चार गो आयटम नंबर कर डालेली सीमा आ एह चलते उनुका नायिका बनल फायदा के सौदा ना लागे. अब “चिंगारी” में नायिका बनलो बाड़ी त ओहूमें दू गो आयटम नंबर करीहें सीमा सिंह. निर्देशक हउवें के॰डी॰ आ सहयोगी कलाकार रहीहें सुशील सिंह, रानी चटर्जी, श्रेया श्रीवास्तव.

पिछला सप्ताह सीमा सिंह फिल्म साईन करे के चौका मार दिहले बाड़ी. फिल्मन के नाम बा, विराज भट्ट का साथे “है कोई माई के लाल” आ “गजब होई गवा”, शक्ति कपूर का साथे “ससुरो कबो दामाद होला” आ चउथकी फिल्म बा “सईंया ड्राइवर बीबी खलासी”. सीमा सिंह हालही में पाँच गो फिल्म में अपना आयटम के जलवा देखवली. एह फिल्मन के नाम ह, चिंगारी, बंधनमुक्त, ठुमके वाली, बागी आ केहु हमसे जीत ना पाई.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..