सीमा सिंह साईन कइली पांच गो फिलिम

सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह रिकार्ड पर रिकार्ड बनावत जाये में यकीन करेली. एही क्रम में ऊ पिछला हफ्ता एके साथ पाँच गो फिलिम साइन कइली जवना में उनुकर आयटम ब्लास्ट नजर आई. एह फिलिमन में निर्मात्री भारती शर्मा आ शबनम शेख के जगदीश शर्मा निर्देशित ‘कर्जा माटी के’, निर्माता नरेन्द्र भक्त आ निर्देशक संजीव सिंह के ‘लाडली’, निर्माता दिलाबेग खान आ निर्देशक आसिफ आरिफ के ‘साली बड़ी सतावेली’, निर्माता शमीम फारुखी के एगो अनटाईटल फिल्म, आ निर्माता अजीत श्रीवास्तव आ निर्देशक यशवंत सिंह के ‘सईंया अरब गईले ना’ शामिल बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..