सिनेमा भोजपुरी में व्यस्त बाड़ी प्रिया कपूर
-

कहल जाला कि “दृढ संकल्प, मज़बूत इरादा आ कुछ कर गुजरे क जूनून इन्सान के ओकरा निशान ले चहुँपाइये देला.” आ इहे होखत बा गया, बिहार के मूल निवासी प्रिया कपूर का साथे जे एक साल के कड़ेर संघर्ष का बाद बिना कवनो गाड फादर के भोजपुरी सिने जगत में व्यस्त अभिनेत्री बन गइल बाड़ी.

निर्माता सुमन भट्टाचार्य आ निर्देशक अभिषेक चड्ढा के फिल्म “वाह जीजा जी” से पारी शुरू करेवाली प्रिया के बाद में विकलांग जीवन पर बनल फिल्म “दिया और तूफान” में निकहा लोकप्रियता मिलल. एह फिलिम के भारत सरकार विकलांग बच्चन के मनोबल बढ़ावे खातिर चुनले बिया. ई प्रिया कपूर के करियर के एगो बड़हन हासिल बा.

अब जल्दिये रिलीज होखे जात फिल्म “कलुआ भईल सयान” में अभिनेता प्रकाश जैस का साथे प्रिया कपूर के मरद मेहरारू वाली जोड़ी धमाल मचाई. प्रिया कपूर एहमें एगो आधुनिक औरत के किरदार में बड़ी जे अरविन्द “कलुआ” के पाल-पोस के बड़ा करत बाड़ी. एह भुमिका से देखावल गइल बा कि संस्कारी लड़की, माँ के फ़र्ज़ आ आदर्श पत्नी के किरदार निभावत पूरा परिवार के कइसे एकजुट राखल जाला.

एकरा अलावे प्रिया कपूर निर्माता राजेश सिंह आ पप्पू भाई के फिल्म “दिल ले गईल ओढनिया वाली” के शूटिंग हाल ही खतम कइली. एह सीधी सादी लड़की के किरदार के घर के नौकर से प्यार हो जात बा. ऊ हीरो हवें छत्तीसगढ़ी फिलिमन के स्टार शशिमोहन सिंह


(अपना न्यूज के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts