सी.सी.एल. में उतरत ‘भोजपुरी दबंग’ क्रिकेट टीम के थीम सांग तइयार

क्रिकेट प्रेमियन के जोश भर दी ‘दे लपेटा बांध के फेटा’

सेलिब्रेटी क्रिकेट लीग (सी.सी.एल.) में पहिला बेर उतरत भोजपुरी सितारन के क्रिकेट टीम ‘भोजपुरी दबंग’ खातिर थीम सांग तइयार कइल जात बा जवन भोजपुरिया प्रशंसकन में भरपूर जोश भर दी. ‘भोजपुरी दबंग’ के थीम सांग के मुखड़ा बा ‘दे लपेटा बांध के फेटा’… दबंग दबंग दम दम, दबंग दबंग बम बम… जियो बिहार के वीर लड़इया, चापे रहो यू.पी. के भईया….’ एह गीत के लेके सिनेमा भोजपुरी में जबरदस्त उत्साह बा. टीम के कप्तान मेगा स्टार मनोज तिवारी कहतारें कि ऊ आ निरहुआ आपन निजी कामधाम छोड़ के मिल बइठलें आ थीम सांग तइयार कइल लोग. एक लाइन मनोज के सूझल ‘दे लपेटा’, त निरहुआ एह लाइन के आगा बढ़ावत कहले कहा ‘बांध के फेटा’. आ एह तरह ‘ दे लपेटा, बांध के फेटा’ भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के पंच लाइन बन गइल. मनोज लिखलन ‘दबंग दबंग दम दम’ त निरहुआ जोडलन ‘दबंग दबंग बम बम’. मनोज तिवारी लिखलन ‘जियो बिहार के वीर लड़ैया’ त निरहुआ जोड़लन ‘चापे रहो यूपी के भैया’. दम, दम, बम, बम करत ई पूरा गीत मनोज तिवारी आ दिनेश लाल यादव मिल के तइयार कर लिहलें.

अब एह गीत के धुन बनावे के जिम्मा संगीतकार शिशिर पांडे के सँउप दिहल बा. मनोज तिवारी इहो कहलन कि एह गीत के बनावत घरी निर्देशक राजकुमार पांडेओ ओहिजा चहुँप गइलन त उनुको से राय विचार कइल गइल.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।