बिहार के बाद मुंबईओ में सुपरहिट भइल ‘आज का दबंग दामाद’
-

विनय आनंद आ सुनील दुबे अभिनीत भोजपुरी फिल्म ‘आज का दबंग दामाद’ बिहार क बाद मुम्बईओ में सुपर डुपर हिट हो गइल. निर्देशक विनोद तिवारी एह फिलिम के लेके बहुते चरचा में रहलें. आखिर में उनकर पहिला भोजपुरी फिलिम ‘आज का दबंग दामाद’ आपन जबरदस्त झंडा फिल्म जगत में गाड़िए दिहलसि.

साफ सुथर ई पारिवारिक ड्रामा वाली फिलिम मुम्बई में 16 नवम्बर के रिलीज भइल. एह फिलिम से नवोदित कलाकार सुनील दूबे के भोजपुरी फिलिम जगत में लांच कइल गइल बा. एह फिलिम का बाद निदेशक विनोद तिवारी के अगिला फिलिम ‘द नरसिम्हा‘ के शूटिंग जल्दिए होखी.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts