सुदीप पान्डेय अभिनीत "जय हो जगदम्बा माई" के संगीत जारी भइल

पिछला दिने मुंबई में सुदीप पान्डेय अभिनीत फिलिम “जय हो जगदम्बा माई” के संगीत जारी कइल गइल. एह मौका पर दिव्या द्विवेदी, राखी सावंत, डॉली बिन्द्रा, डा॰ रंजू सिन्हा, निर्देशक राज वर्म्, राकेश सावंत, सुदेश बेरी, किशन खदरिया वगैरह खासमखास लोग मौजुद रहल.

फिलिम का बारे में बतावत सुदीप पाण्डेय कहलन कि एह फिलिम में ऊ एगो मतिसुन्न धनी लड़िका के किरदार कइले बाड़न जवना के देह त बढ़ गइल बा बाकि बुद्धि लड़िकन जस बा. ओकर रिश्तेदार ओकर संपति हड़पे का फिराक में बाड़े बाकिर जगदम्बा माई के कृपा से ऊ अपना सगरी दुश्मनन से पार पा लेत बा.

संजय शर्मा राज

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।