खेसारी लाल यादव आ नेहा श्री के 'प्यार कवनो खेल ना ह'

भोजपुरी में अनेके सुपर हिट एल्बम दे चुकल निर्माता निदर्शक राकेश कुमार के फिल्म ‘प्यार कवनो खेल ना ह’ के शूटिंग जोर शोर से बिहार के छपरा, सीवान, गोपालगंज में चलत बा. एह फिलिम में पहिला बेर खेसारी लाल यादव, लोड़ो मधेसिया आ नेहा श्री एक संगे नजर अइहें. एह एक्शन भरल रोमांटिक फिलिम में कुल ९ गो गाना बा जवना के खेसारी लाल यादव, विनोद राठौर, इंदु सोनाली, खुशबू जैन आ आलोक कुमार गवले बाड़े. गीतकार हउवें महेश परदेशी, कृष्ण बेददी, आ श्याम देहाती, संगीतकार एम.एम ब्रदर, छायांकन बिरजू चौधरी, डांस विशाल, फ़ाइट पप्पू कराटे, आ मेकअप धर्मवीर के बा.

एह फिल्म में खेसारी लाल यादव, लोड़ो मधेसिया, नेहा श्री, अरुण कुमार, अनीता सिंह, सी.पी. भट्ट, जिया खान, मो. आरिफ, सिराज भगत आ उमेश सिंह मुख्य रूप से बाड़ें.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts