सुपरस्टॉर रवि किशन के पांच गो फिलिम प्रदर्शन ला तइयार

ravi-kishanसिनेमा भोजपुरी के सुपरस्टॉर रवि किशन के पांच गो फिलिम बन के तइयार हो गइल बाड़ी सँ जवना के जल्दिए रिलीज कइल जाई. रवि किशन आजुकाल्ह अपना हिंदी फिल्म “बुलट राजा” के शूटिंग में लागल बाड़ें.

रविकिशन के आवे वाली भोजपुरी फिलिमन के नाम बा “प्रतिबंध”, “छपरा की प्रेम कहानी”, “प्रेम विद्रोही”, “धुरंधर”, आ “साली बड़ी सतावेली” समृद्धि फिल्मस के “प्रतिबंध” के डबिंग हो गइल बा. एकर निर्देशक हवें सुनिल सिन्हा आ रोमांस एक्शन से मनोरंजन से भरपूर एह फिलिम में नायिका बाड़ी बंगाली बाला मोनालिसा. फिलिम के कहानी बिहार नेपाल बोर्डर पर होखे वाला तस्करी पर बा.

प्रतिबंध के निर्माता राघवेंद्र सिंह, संजय सिंह, निर्देशक सुनिल सिंन्हा, लेखक ज्ञानेश श्रीवास्तव, गीतकार आर आर पंकज, पप्पू ओझा, विरेन्द्र पाण्डेय, संगीतकार मधुकर आनंद, छायाकंन करेवाला आर आर प्रींस, नृत्यगुरू कानू मुखर्जी आ संजय कोरबे, फाइटमास्टर आर पी यादव, अउर एडीटर गुरजंत सिह हउवें. परोसले बाड़न एस.ए.आर. फिल्मस के शमीम अहमद शेख.

मूख्य कलाकारन में रवि किशन, कुणाल सिंह, मोनालिसा, अवधेश मिश्रा, श्री कंकाणी, साहिबा, सीमा सिंह, अउर हितेन्द्र पंडित शामिल बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।