साहिल खान के ’भोजपुरिया शोले’ बन के तइयार भइल
-

sahil-khanविजय खरे फिल्म्स के बैनर में बनल ’भोजपुरिया शोले’ अब तइयार बा. एक्शन आ कॉमेडी से भरपूर एह मसाला फिलिम के निर्माण पुरान खलनायक विजय खरे के पुत्र आशुतोष खरे कइले बाड़न. फिलिम के शूटिंग झारखण्ड के पलामू में भइल बा.

जल्दिए रिलीज होखे जात एह फिलिम से साहिल खान दुसरका बेर भोजपुरी परदा पर अइहें. एहसे पहिले साहिल खान के “चम्पा चमेली” रिलीज हो चुकल बा. कई गो हिन्दीओ फिलिम बन के तइयार बाड़ी सँ रिलीज ला.

भोजपुरिया शोले के निर्माता आशुतोष खरे, निर्देशक असफाक शेख, गीतकार शुभम सिंह, संगीतकार एस. पी. सेन, लेखक सुमीत सिंह, नृत्यगुरू ज्ञान सिंह, एडिटर एस. पी. सिंह, छायांकन करेवाला मनोज सिंह हउवें.

मुख्य कलाकारन में आशुतोष खरे, साहिल खान, रूखसार खान, रोज लस्कर, अर्पीता माली, पर्ल रानी खान, आ शीतल चौरसिया बाड़ी.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..