सेकूलर ताकत मिल के निपटे भाजपा से येचुरी

देश में बढ़त साम्प्रदायिक घटनन ला संघ आ भाजपा के जिम्मेदार ठहरावत माकपा नेता सीताराम येचुरी कहले बाड़न कि एह लोग के नापाक मंसूबा के पर्दाफाश करे ला लोकतांत्रिक सेकूलर आ वाम ताकतन के एकजुट कोशिश करे के चाहीं. ई बात येचुरी पार्टी के मुखपत्र पीपुल्स डेमोक्रेसी के ताजा अंक मे प्रकाशित अपना संपादकीय मे कहले बाड़ें.

लिखले बाड़न कि बेशक मुजफ्फरनगर मे हिंसा खातिर उत्तर प्रदेश प्रशासन के नाकामिए जिम्मेदार बा बाकिर आर एस एस आ भाजपा के नापाक मंसूबन आ साझा राजनीतिक खेलो के नजरंदाज ना करे के चाहीं. एह लोग के कोशिश बा कि मजहबी ध्रुवीकरण होजाव देश में.
(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।