सौरव गांगुली के पत्ता काट दिहलसि क्रिकेट बोर्ड

भारतीय क्रिकेट दल आ कोलकाता नाइट राइडर्स के कप्तान रहल सौरभ गांगुली के अबकी के आईपीएल चार में खेले के मौका ना मिल पाई काहे कि ओह पर क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड अड़ंगी मार दिहले बा. नीलामी में सौरभ गांगुली के केहू ना खरीदल काहे कि ऊ आपन दाम बढ़ा दिहले रहले. ओकरा बाद कोलकाता नाइट राइडर्स से उनुकर विदाई हो गइल. बाद में कोच्चि टीम सौरभ के अपना दल में शामिल करे के अनुमति मँगलसि त बोर्ड नकार दिहलसि काहे कि एह पर तीन गो दोसर टीम के आपत्ति रहे. अब सौरभ गांगुली के खेले के कवनो उम्मीद नइखे रहि गइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..