सौरव गांगुली के पत्ता काट दिहलसि क्रिकेट बोर्ड

भारतीय क्रिकेट दल आ कोलकाता नाइट राइडर्स के कप्तान रहल सौरभ गांगुली के अबकी के आईपीएल चार में खेले के मौका ना मिल पाई काहे कि ओह पर क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड अड़ंगी मार दिहले बा. नीलामी में सौरभ गांगुली के केहू ना खरीदल काहे कि ऊ आपन दाम बढ़ा दिहले रहले. ओकरा बाद कोलकाता नाइट राइडर्स से उनुकर विदाई हो गइल. बाद में कोच्चि टीम सौरभ के अपना दल में शामिल करे के अनुमति मँगलसि त बोर्ड नकार दिहलसि काहे कि एह पर तीन गो दोसर टीम के आपत्ति रहे. अब सौरभ गांगुली के खेले के कवनो उम्मीद नइखे रहि गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।