नेपाल के प्रधानमंत्री चुना गइल
-

सोलह बार के असफल प्रयास का बाद काल्हु नेपाल के संविधान सभा नेपाल के अगिला प्रधानमंत्री के रुप में नेपाल के कम्युनिष्ट पार्टी यूएमएल के नेता झालानाथ खनल के चुन लिहलसि. झालानाथ खनल के प्रधानमंत्री चुनवावे में प्रचण्ड दहल कमल के माओवादी पार्टी के बड़हन हाथ बा जे एन मौका पर उनका समर्थन में प्रचण्ड दहल के उम्मीदवारी वापिस ले लिहलसि.

नेपाल संविधान सभा में प्रचण्ड दहल के पार्टी सबले बड़ पार्टी बावे जेकर २३८ सदस्य बाड़न. झालानाथ खनल के ३६८ वोट मिलल. एहसे साफ बा कि खनल भलही कुर्सी पर बइठस बाकिर चली प्रचण्डे के.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts