हँ हम दस गो भोजपुरी फिलिम ठुकरइनी आ ओकर साफ वजहो बा हमरा लगे – कहलन विनय आनंद

vinay-anand-dabangपिछला दिने विनय आनंद सोझ बात बतियावत कहलन कि ऊ तय कर लिहले बाड़न कि अब वइसने फिलिम करिहन जवना के निर्माता निर्देशक फिलिम बनावे के बेंवत राखत होखसु. शौकिया तौर पर फिलिम बनावे आइल निर्माता लोग का साथे काम ना करीहें. एही ले हाल में ऊ नाहियो त दस गो फिलिम के आफर नकार दिहलन. एह फिलिमन के कहानियो कमजोर रहुवे आ निरमाता निर्देशको. एह लोग के फिलिम बनावे के चाहत कम रहल आ फिलिमगिरी करे के अधिका.

कहलन कि भोजपुरी सिनेमा कवनो एक हीरो, कवनो एक डिस्ट्रीब्यूटर भा कवनो एक फाइनेंसर के मोहताज नइखे. जवना दिने ओवरसीज मार्केट खुल जाई तवना दिन से सिनेमा भोजपुरीओ एगो बड़हन सिनेमा इंडस्ट्री में गिनाए लागी. भोजपुरीओ फिलिम १०० करोड़ के बिज़नस करे लगीहें सँ. अगर हैदराबाद आ तमिल के फिलिम एतना बिजनेस कर सकेली सँ त भोजपुरीओ फिलिम कर सकीहें. कुछुओ नामुमकिन ना होखे. जहिया से कंप्यूतराइज्ड टिकट कटे लागी भोजपुरी फिलिम देखावे वाला थिएटरन के त ओही दिन से बिहार आ यूपी में बिजनेस बढ़े लागी. कहलन कि समय आ गइल बा कि मौजूदा रावणन का हाथ से तलवार छीन के राम के खोजीं सँ आ तलवार उनका हाथ में दे दीं सँ. तब सिनेमा भोजपुरी इंडस्ट्री भारत का साथही पूरा दुनिया में आपन अलग पहिचान बनावे में सफल हो जाई”


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।