बलमा बिहारवाला ‘‘खेसारीलाल यादव’’
-

BalmaBiharwala-Khesari-Aksharaसिनेमा भोजपुरी के सुपरहिट नायक खेसारीलाल यादव अब ‘‘बलमा बिहारवाला’’ लेकर आवत बाड़न एह फिलिम में उनकर रोमांटिक भूमिका बा. कुछेक सीन में त खेसारी खुदे औरत बन गइल बाड़ें. बुच्ची नाम के एह लड़की के भूमिका में आ बंशी नामके नवही का भूमिको में खेसारी धमाल मचा दीहें. एह फिलिम के खास बात बा कि बु्च्ची वाला किरदारो के डबिंग खुद खेसारिए कइले बाड़न. फिलिम में नायिका बाड़ी अक्षरा सिंह.

हालिया प्रदर्शित ‘‘सपूत’’ के सफलता से उत्साहित खेसारी आश्वस्त बाड़न कि हर दर्शक के पसंद आवे वाली फिलिम ‘‘बलमा बिहारवाला’’ के सफलता तया बा. एकर निर्माता रितेश ठाकुर आ निर्देशक विष्णुशंकर बेलु हउवें


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts