पवन सिंह के जादू
-

PawanSingfh.stripedभोजपुरी परदा पर साल 2013 में सुपरस्टार पवन सिंह के जादू चलत बा. एह साल उनकर तीन गो फिलिम, ‘‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’’, ‘‘बनारसवाली’’,आ “वीर बलवान’’, अबले रिलीज भइल बा.

‘‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’’ मार्च में रिलीज भइल रहुवे आ सगरी बिहार में ओकरा रिकार्ड ओपनिंग मिलल रहुवे. मुंबईओ में एकर व्यवसाय नीमन रहे. दर्शकों पवन सिंह के एंग्री यंगमैन का भूमिका में खूबे सरहलें आ उनुका के ‘‘भोजपुरिया सिंघम’’ के दर्जा दिहल गइल. एकरा बाद आइल ‘‘बनारसवाली’’फिलिमो के दर्शक, खासकर महिला लोग, खूब सराहल. पवन सिंह के एह साल तिसरकी फिलिम ‘‘वीर बलवान’’ मई में आइल. एहमें पवन सिहं अपना प्यार के हासिल करे ला कवनो सीमा तक जाए के तइयार आशिक का भूमिका में रहलन. फिलिम सगरी बिहार में शानदार बिजनेस कइलसि.

अपना फिलिमन के मिलत शानदार सफलता के श्रेय पवन सिंह अपना प्रशंसक दर्शकन के देबेलें. पवन सिहं के आवे वाली फिलिमन में ‘‘प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद’’ , ‘‘देश परदेश’’, ‘‘ठोक देब’’, ‘‘जिददी आशिक’’, ‘‘रंग द प्यार के रंग में’’, ‘‘गंगापुत्र’’ वगैरह शामिल बाड़ी सँ.


(प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. mohan pathak

    mast ba ho

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts