हथियार आ डेढ़ लाख रूपिया संगे दू गो अपराधी गिरफ्तार

बिहार के औरंगाबाद में घोरहत मोड़ का लगे एगो घर से पुलिस दू गो अपराधियन के गिरफ्तार कर लिहलसि, एहनी का लगे से अनेके हथियार आ डेढ़ लाख रूपिया बरामद भइल. पुलिस के जानकारी मिलल रहे कि कुछ अपराधी घोरहत मोड़ का नियरा एगो घर मे जुटल बाड़े त पुलिस ओह गर पर छापामारी कर के संतोष कुमार आ नीरज कुमार के गिरफतार कर लिहलसि.
एकनी का लगे से तीन गो देशी रिवाल्वर, दू गो अत्याधुनिक कार्बाइन, ढेरहन कारतूस आ डेढ़ लाख रूपिया नकदी समेत अउरियो आपत्तिजनक समान मिलल. संतोष कुमार झारखंड के कोडरमा जिला के जयनगर मे भइल बैक डकैती के अभियुक्त हवे.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।