मोदी के रैली रोकाइल त ठीक ना होखी कहलसि भाजपा
-

भाजपा. आजु उत्तर प्रदेश के सपा सरकार के चेतवले बिया कि अगर प्रदेश में होखे वाला नरेन्द्र मोदी के रैलियन के रोके के कोशिश भइल त एकर बहुते गंभीर परिणाम होखी.
भाजपा आजु विज्ञप्ति जारी कर के सरकार के चेतवलसि कि मोदी के रैलियन मे अडंगा लगावे से बाज आवे. भाजपा के कहना बा कि मोदी के रैलियन के जबर्दस्त सफलता देख प्रदेश सरकार घटिया हथकंडा अपनावे पर उतर आइल बिया. कबो तारीख ले के अड़ंगा लगावल जात बा त कबो जगह ले के.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts