हथियार आ डेढ़ लाख रूपिया संगे दू गो अपराधी गिरफ्तार

बिहार के औरंगाबाद में घोरहत मोड़ का लगे एगो घर से पुलिस दू गो अपराधियन के गिरफ्तार कर लिहलसि, एहनी का लगे से अनेके हथियार आ डेढ़ लाख रूपिया बरामद भइल. पुलिस के जानकारी मिलल रहे कि कुछ अपराधी घोरहत मोड़ का नियरा एगो घर मे जुटल बाड़े त पुलिस ओह गर पर छापामारी कर के संतोष कुमार आ नीरज कुमार के गिरफतार कर लिहलसि.
एकनी का लगे से तीन गो देशी रिवाल्वर, दू गो अत्याधुनिक कार्बाइन, ढेरहन कारतूस आ डेढ़ लाख रूपिया नकदी समेत अउरियो आपत्तिजनक समान मिलल. संतोष कुमार झारखंड के कोडरमा जिला के जयनगर मे भइल बैक डकैती के अभियुक्त हवे.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..