पूर्वी उत्तरप्रदेश के 17 गो जिला अतिसंवेदनशील, आ तीन गो सबले बेसी खतरा में

पूर्वी उत्तर प्रदेश के 17 गो जिला के अतिसंवेदनशील मानल गइल बा जवना में तीन गो में सबले खराब हालत बा. एहमें गोरखपुर मंडल के कुशीनगर, महराजगंज, आ गोरखपुर जिला अउर बस्ती मंडल के संतकबीरनगर जिला के अलावा बहराइच समेत कुल 17 गो जिला के अतिसंवेदनशील बतावल जात बा.
खुफिया एजेंसी के रिपोर्ट के बाद गोरखपुर जोन के पुलिस महानिरीक्षकद जकी अहमद अपना जोन के वरिष्ठ पुलिस अधिकारियन के निर्देश दिहले बाड़न कि साम्प्रदायिक माहौल खराब करे वालन से सख्ती से निपटल जाव.
एह निर्देश के बाद पुलिस विभाग में गोरखपुर मंडल के 800 लोग के खतरनाक चिन्हित कइल गइल बा. एहमें अकेले गोरखपुर जिला के 360 लोग शामिल बा. एह लोग के नाम पता, मोबाइल नम्बर वगैरह के जानकारी बटोरल गइल बा.
त्योहार के सीजन में केन्द्रीय बल के आठ गो कंपनी माँगल गइल बा एह इलाका ला.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..