हिंदी के रीमेक वाली भोजपुरी फिलिम ना करीहें विनय आनंद

विनय आनंद एहला दुखी बाड़न कि आखिर भोजपुरी निर्माता हिंदी फिलिमन के रीमेक काहे बनावत बाड़ें. कहलन कि एह रीमेक से सिनेमा भोजपुरी के बढ़न्ती में बाधा पड़ट बा. एहसे विनय आनंद इहो तय कइले बाड़न कि ऊ हिन्दी फिलिमन के रीमेक वाली भोजपुरी फिलिमन से तौबा कर लीहें. कहलन कि एक बेर रीमेक फिलिम देखला का बाद दर्शक दोसर भोजपुरी फिलिम देखे से पहिले दस हाली सोचे लागत बा. कहलन कि हमनी कलाकारन के दायित्व बनता कि हमनी का अपना प्रशंसक के ताजा मनोरंजन दीं.

अपना आवेवाली फिलिमन में ‘लक्ष्मण रेखा’ के जमके तारीफ करत विनयआनन्द कहलें कि ई फिलिम एकदमे नया कहानी पर बनल बा. एकरनिर्माता विजय सिंह अउर लक्ष्मण गुप्ता आ निर्देशक मनोज गिरि हउवें.

एह साल विनय आनंद के करीब एक दर्जन फिलिम रिलीज होखेवाली बा. जवना में ‘हमरे नामे जिला हिलेला’, ‘एलान-ए-जंग’, ‘कजरा मोहब्बतवाला’, ‘तुलसी बिन सूना अंगनवा हमार’, ‘दामाद चाहीं फोकट में’, ‘दबंग दामाद’, ‘विनय भईया कईलस कमाल’, ‘काली’, ‘लक्ष्मण रेखा’, ‘दंगल’ ‘गुलाब थियेटर’ अउर ‘चुनरी संभाल गोरी’ जइसन फिलिमन के शूटिंगो विनय आनंद पूरा कर लिहले बाड़न.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..