कैदी के प्यार में पड़ली पाखी
-

भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगड़े एह घरी एगो कैदी के प्यार में पागल हो गइल बाड़ी आ एह प्यार में उनकर पागलपन के कवनो हद नइखे रह गइल. ऊ कुछउ कर सकेली ओकरा प्यार में.

दरअसल पाखी आपन जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम ‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ में कैदी बनल निरहुआ से प्यार कर बइठत बाड़ी. उनुका विश्वास बा कि उनकर प्रेमी बेकसूर बा आ एह चलते ऊ ओकर साथ देत बाड़ी आ ओकरा के कइसे बेगुनाह साबित करवावत बाड़ी, इहे फिलिम में देखावल गइल बा. निर्माता आलोक कुमार के एह फिलिम में पाखी एगो वकील के बेटी बनल बाड़ी. पाखी के रोल बहुते चैलेंजिंग बा. निर्देशक हउवें हैरी फर्नांडिस.

एह फिलिम में पाखी खातिर भोजपुरी सिनेमा के तीनों बड़का सितारा मनोज तिवारी ‘‘मृदुल’’, रवि किशन आ दिनेशलाल यादव ‘दुल्हनिया के डोली ले जइहें दुल्हे राजा’ गाना गवले बाड़ें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts