‘हीरो’ के उमेद में प्रकाश जैस उछाह में

भोजपुरी अभिनेता प्रकाश जैस अपना आवेवाली फिल्म ‘हीरो’ लेके बहुते उछाह में बाड़न. एहमें प्रकाश जैस जूनियर निरहुआ प्रवेश लाल यादव आ शुभी शर्मा संगे एक्शन करत नज़र अइहें. फिल्म में प्रकाश जैस के एगो अलगे ट्रैको बा. निर्देशक सुब्बाराव आ नायक प्रवेशलाल के बड़ाई करत प्रकाश जैसके कहना बा कि एही लोग के सहयोग से ऊ एतना बढ़िया काम कर पवलें.

प्रकाश जैस हिन्दी आ भोजपुरी में अनेके फिलिल कइले बाड़न. एहमें से ‘कलुआ भईल सयान’ एह घरी बिहार में खूबे दर्शक बिटोरत बा. निर्माता बिट्टू सरदार के फिल्म ‘रिक्शावाला आई लव यू’ के शूटिंग प्रकाश जैस पूरा कर लिहले बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..