हे ननदो तोरो ननदो के संगीतमय मुहुर्त

पिछला दिने पटना के होटल विन्डसर में यथार्थ इन्टरनेशनल का बैनर में दू भाषा में बने जा रहल फिलिम हे ननदो तोरो ननदो के संगीतमय मुहुर्त करावल गइल. ई फिल्म पूरा तरह से संगीतमय आ पारिवारिक होखे जवना के सगरी कलाकार बिहारे के रहीहन आ करीब करीब सभे के पहिला बेर फिल्म में काम करे के मौका मिल रहल बा.

Muhurt of He Nando Toro Nando

एकर निर्माता निर्देशक अवनिश कुमार, गीत संगीत गोपाल कुमार, नृत्य निर्देशक अवधेश, कार्यकारी निर्माता देवाशीष प्रसाद हउवें आ कलाकारन में पूजा शाह, रूपा सिंह, कल्पन, जूलि वारसी, कुणाल राज, सुनील सिंह चौहान, तरुण, गुंजन सिंह, दिव्यांसू, रवि वगैरह बाड़े. शूटिंग १० जून से बिहारे का जगहन पर करावल जाई. फिल्म में कुल आठ गो गाना रही जवना के गुंजन सिंह, अवनिश कुमार, इंदू सोनाली आ सलोनी का आवाज में रिकार्ड करावल गइल बा.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला )

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।