गोरखपुर के दुलहिन जलवा देखवली भोजपुरी सिनेमा में
-

गुजरात का कच्छ में जनमल आ गुजरात के बहू, कमाल के अदाकारा, सात भाषा के जानकार काजल निषाद आजुकाल्हु अभिनय का मैदान में आपन जलवा देखा रहल बाड़ी.

Kajal Nishad

धारावाहिकन से आपन कैरियर शुरु करे वाली काजल निषाद गुजराती, भोजपुरी, मराठी, उर्दू, तेलुगू समेत सात गो भाषा में बोले बतियावेली, बीआर चोपड़ा के धारावाहिक आप बीती से शुरु भइला का बाद काजल नकाब, जब लव हुआ, सारथी, ऐसा देश है मेरा समेत दू दर्जन हिन्दी, मराठी, आ गुजराती धारावाहिकन में काम कर चुकल बाड़ी.

भोजपुरी धारावाहिकन में काजल मेंहदी तोहरे नाम की, डोली सजा के रखिए समेत महुआ टीवी पर कई धारावाहिकन में काम कर चुकल बाड़ी. भोजपुरी सिनेमा के उनकर फिल्म हई सँ हनुमना भक्त हवलदार, बिहारी माफिया, दिल तोहरे प्यार में पागल हो गइल, शादी ब्याह, सेज तइयार सजनिया फरार, दूसर बियाह वगैरह में काम कर चुकल बाड़ी. गुजराती सिनेमो में ऊ सक्रिय बाड़ी.

शौकिया तौर पर साहित्य लेखन के काम करे वाली काजल निषाद के सपना बा कि ऊ एगो सशक्त अभीनेत्री का रुप में आपन पहचान बनवास जेकरा के लोग लमहर दिन ले याद रखो.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..