होली प ‘देवरा भईल दिवाना‘

DevraBhayelDeewanaभोजपुरी फिलिमन के सुपरहिट निर्माता-निर्देशक राजकुमार आर. पाण्डेय के अगिला पेशकश ‘देवरा भईल दीवाना‘ अबकी होली का शुभ अवसर पर सगरी बिहार-झारखंड आ मुम्बई टेरिटरियन में रिलीज होखी.

साईदीप फिल्म्स के बैनर में बमल एह फिलिम में नवहियन के दिल के धड़कन बनल प्रदीप पाण्डेय ‘चिंटू‘ देवर के माथ भूमिका में बाड़ें. भउजाई बनल बाड़ी मजगर भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगड़े. साथ में मेगास्टार मनोज तिवारी ‘मृदुल‘, काजल राघवानी, संजय पाण्डेय, ब्रजेश त्रिपाठी, आलोक यादव, के॰ के॰ गोस्वामी, मंटुलाल, सी॰पी॰ भट्ट, रितु पाण्डेय, वंदिनी मिश्रा आ अवधेश मिश्रा के प्रमुख भूमिका बा. हॉट गर्ल कहात मोनालिसा पर “मोतिहारी जिला खड़े-खड़े गाड़ देला किला……” गाना फिलिमावल गइल बा जवना के बोल अबहिए से लोग का जबान प चढ़ गइल बा. एह फिलिम में डांसिंग क्वीन सीमो सिंह बाड़ी.

निर्माता, निर्देशक, आ संगीतकार तीनो खुद राजकुमार आर॰ पाण्डेय बाड़ें. गीतकार बाड़ें विनय बिहारी, छायाकार फिरोज खान, नृत्य निर्देशक पप्पू खन्ना, रिक्की गुप्ता अउर कानू मुखर्जी, आ संवाद लेखक संतोष मिश्रा हउवें.

राजकुमार पाण्डेय के कहना बा कि ‘देवरा भईल दीवाना‘ देखेवालन के बहुते नीक लागी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..