दिल्ली बंगाल का बाद ‘हंटरवाली‘ पाखी अब बिहार अइहें

Pakhi-in-Hunterwaliभोजपुरी सिनेमा के अव्वल अदाकारा पाखी हेगड़े के महिला प्रधान एक्शन फिल्म ‘हंटरवाली‘ दिल्ली आ बंगाल में धमाल मचवला क बाद अब बिहार में सफलता के परचम लहरावे ला तइयार बा. एह फिलिम में पाखौ के किरदार अमिताभ के शहंशाह जइसन बा. पाखी एहमें बहुते शानदार एक्शन स्टंट कइले बाड़ी. पाखी के एगो डायलाग देखेवालन के जबान पर खुब चढ़ल बा कि ‘दुष्टन ला दुर्गा त दुष्कर्मियन ला काली नाम ह‘ ‘हंटरवाली‘.

एह फिलिम के सफलता से पाखी बहुते उछाह में बाड़ी. पाखी के ‘प्यार मोहब्बत जिंदाबाद‘ के आजुकाल्ह डबिंग चलत बा.

बिहार में एह फिलिम के वितरक बाड़ें मशहूर वितरक डा॰ सुनील.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts