१३२ के फाँसी ९४२३ के उमिरकैद

बिहार से अपराध के खातमा करे खातिर नीतीश सरकार साल २००६ से जवन मुहिम चलवलें जवना में फास्ट ट्रैक कोर्ट से अपराधियन के सजा दिआवे का काम होखे लागल. तबसे अबले १३२ अपराधियन के फाँसी आ ९४२३ गो के उमिरकैद के सजा सुनावल जा चुकल बा. २५९७ जने के दस साल से अधिक के जेल आ २९१४७ जने के दस साल से कम के जेल के सजा सुनावल गइल बा. एही फास्ट ट्रैक कोर्ट के कमाल बा कि बिहार में अपराधियन के हवा बिगड़ गइल बा आ लोग चैन के जिनिगी जी रहल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..