२०१४ के सुपर स्टार राकेश मिश्रा

RakeshMishraAwarded
भोजपुरी परदा प एह घरी गायक से नायक बनके उभरल राकेश मिश्रा के तूती बोलत बा. राकेश बिहार के आरा जिला के मोहनपुर गाँव के रहे वाला हउवन.

पिछला साल अपना पहिलके फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ से स्टार बन गइल राकेश मिश्रा का बारे में अबहिए से कहल जात बा कि साल २०१४ के सुपर स्टार इहे रहीहें. राकेश मिश्रा के फिलिम ‘दिवानगी हद से’ प्रर्दशन ला तइयार बा.

एह फिलिम से उत्साहित बिहार के मशहूर वितरक डाक्टर सुनील के दावा बा कि ई फिलिम सफलता के झंडा गाड़ दी. निर्देशक दिनेश यादव के कहना बा कि एह फिलिम में राकेश के एगो अलगे रूप नजर आवे वाला बा. बिहार झारखण्ड में डा॰ सुनीले एकर वितरक बाड़न.

राकेश मिश्रा के हाल ही में भइल न्यूजमेकर्स एचीवर्स अवार्ड में सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के पुरस्कार दिहल गइल. राकेश के ई पुरस्कार उनका शानदार अदाकारी आ गायिकी ला दिहल गइल.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा, अउर प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।