नीरज यादव के हथकड़ी लागल
-

NirajYadavAhira
भोजपुरी सिनेमा के अमरीश पुरी कहाए वाला खलनायक नीरज यादव के देखते रोंआ खड़ा हो जाला आ देखेवाला सोचे लागेले कि कब एकरा हथकड़ी लागी. अपना पहिलके फिलिम ‘प्रतिघात’ से चरचा में आ गइल खलनायक नीरज यादव अहिरा के लाजवाब एक्टिंग निर्देशक रविसिन्हा प्रतिघात में देखले त तुरते फोन क के नीरज के बधाई दिहलन आ कहलन कि अपना अगिला फिलिम ला साईनिंग एमाउंट लेके आवते बाड़न. आ मिलतही निर्देशक रवि सिन्हा नीरज यादव के अपना अगिला मल्टी स्टारर फिलिम ‘हथकड़ी’ ला साईन क लिहलन.

‘हथकड़ी’ में भोजपुरी सिनेमा के दू गो सुपर स्टार दिनेश लाल यादव आ खेसारी लाल यादव का संगही नीरज यादव अहिरा के मुख्य भुमिका बा.

नीरज कहेले कि पते ना रहल कि हम बेहतरीन खलनायक हईं बाकिर जब लोग हमरा के ‘प्रतिघात’ में देखके डेराए लागल त चउँक गइलन आ कई बेर त लोग मुँहो पर गरिया दिहलन. अलग बाति बा कि उ गारी हमरा ला कवनो अवार्ड से कम ना लागल.

हथकड़ी फिलिम के निर्मात्री रेखा सिंहा कहली कि पहिले त खलनायक ला एगो अनजान नाम सुन के ना कह दिहले रही. जब नीरज से मिलली त लागल कि परदा प ई आदमी कतनो खराब लागे असल जिनिगी में त ई बहुते बढ़िया आदमी हउवन.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts