९ अप्रेल से दिल्ली में ५ वाँ विश्व भोजपुरी सम्मेलन

शनिचर ९ अप्रेल से दिल्ली के द्रारका सेक्टर आठ में दादा देव मेला ग्राउण्ड पर दू दिन के विश्व भोजपुरी सम्मेलन शुरु होखे जा रहल बा जवना में देश के भोजपुरी साहित्यकार, कार्यकर्ता, सांसद, आ गणमान्य लोगन का साथ साथ विदेशो से आइल भोजपुरी विद्वान शामिल होखीहन. दिल्ली के पूर्वांचल एकता मंच के एह आयोजन के उद्घाटन लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार करीहें आ बहुतेरे सांसद आ दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित एह कार्यक्रम में शामिल रही लोग. सम्मेलन में कवि सम्मेलन आ सांस्कृतिक कार्यक्रमो करावल जाई. पूर्वांचल एकता समिति के अध्यक्ष शिवजी सिंह हउवें.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..