निजी विश्वविद्यालय विधेयकन के राज्यपाल के मंजूरी मिलल
-

पिछला विधानसभा सत्र में पारित तीन गो विधेयक के राज्यपाल के मंजूरी मिल गइल बा. एह विधेयकन से कानपुर में एक्सिस विश्वविद्यालय, ग्रेटरनोएडा में गलगोटिया विश्वविद्यालय आ गौतमबुद्ध नगर का दादरी में शिवनादर विश्वविद्यालय के स्थापना के सरकारी मंजूरी मिल गइल बा. एगो दोसरा खबर में बतावल गइल बा कि जौनपुर के पूर्वांचल विश्वविद्यालय के कुलपति रह चुकल प्रोफेसर आर सी सारस्वत डाक्टर राम मनोहर लोहिया अवध विश्वविद्यालय के कुलपति के पदभार ग्रहण कइले बाड़न. अवध विश्वविद्यालय के सालाना परीक्षा उत्तरपुस्तिका का कमी का चलते बीचे में रोक दिहल गइल रहे. अब सत्र के नियमित कइल उनुका प्राथमिकता में बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts