11 जुलाई से बिहार आ झारखण्ड में रिलीज हो गइल ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’

SajnaMangiyaSajaiDaHamar-posterबेटी कवनो शाप ना होले के नारा बुलंद करे आ महिला समाज के सम्मान बढ़ावे ला बनावल निर्माता हलचल सिंह के समहर पारिवारिक फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के सेंसर बोर्ड से ‘यू’ सर्टिफिकेट मिलल बा. एह फिलिम के 11 जुलाई से बिहार आ झारखंड में रिलीज क दिहल गइल बा.

महेन्द्र प्रसाद के दमदार किरदार मे बालेश्वर सिंह.

एह फिलिम में महेन्द्र प्रसाद के दमदार किरदार में नजर आइल बाड़न बालेश्वर सिंह. अपना असल जिनिगी में सीधा साधा आ नीक विचार वाला बालेश्वर परदा पर ओतने खतरनाक नजर आवेलन. महेन्द्र प्रसाद गाँव के एगो दबंग ह. फिलिम में बालेश्वर सिंह के एक से बढ़ के एक धांसू संवाद सुने के मिलत बा.

ग्लैमर क्वीन अर्चना सिंह

भोजपुरी सिनेमा के ग्लैमर क्वीन अर्चना सिंह आजु कवनो परिचय के मोहताज नइखी. एह फिलिम में अर्चना सिंह मुख्य भूमिका में बाड़ी. अर्चना सिंह के कुछ आउरीओ फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ.

फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के निर्माता हलचल सिंह, लेखक निर्देशक ओम प्रकाश यादव (ओम जी ), कार्यकारी निर्माता डॉ. कुलदीप सिंह, गीतकार राकेश निराला अउर कन्हैया कुशवाहा, संगीतकार राकेश निराला, छायांकन विनोद के शर्मा, नृत्य निर्देशक मयंक अशोक अउर गणेश के सपना, संकलनकर्ता कुणाल प्रभु हउवें.

मुख्य कलाकारन में अरविन्द अकेला ‘कल्लू’, नेहा श्री, रविराज दीपू, अर्चना सिंह, मनोज टाईगर, बालेश्वर सिंह, सी पी भट्ट, शफीक रंगरेज़, प्रीति सिंह, अमित कुमार, जावेद रहमान, उमेश सिंह, सुनीता शर्मा, चन्दन कश्यप आ सुरेन्द्र पाल रह बाड़न.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।