भोजपुरी पर बयान खातिर झारखंड के शिक्षा मंत्री के निंदा

जमशेदपुर. 23 अक्टूबर (वार्ता) झारखंड के उपमुख्यमंत्री रहल आ वरिष्ठ भाजपा नेता रघुवर दास राज्य के शिक्षा मंत्री आ कांग्रेस नेत्री गीताश्री उरांव के ओह बयान के निंदा कइले बाड़न जवना में गीताश्री कहले रही के राज्य शिक्षक पात्रता परीक्षा के विषय सूची से भोजपुरी हटावल जाई.

रघुबर दास पत्रकारन से बतियावत कहलन कि गीताश्री उरांव के ई बयान उनका पार्टी कांग्रेस के फूट डाल के राज करे का नीतिए के एगो हिस्सा ह. कहलन कि गीतेश्री ना बलुका कांग्रेस के अनेके आला नेता अगिला चुनाव में हार देखत अनापशनाप बयानबाजी करत बाड़े.

जान लीं कि भाषायी मामिला में बहुते संवेदनशील एह राज्य मे कांग्रेसो के अनेके नेता गीताश्री उरांव के आलोचना करत बाड़े.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।