17 फरवरी के रिलीज होखीहें ‘देवता’

के.आर.सी फिल्म्स के बैनर तले बनल ‘देवता’ के प्रदर्शन 17 फरवरी से होखे जात बा. एह फिल्म में एक्शन के सैलाब देखे के मिली. निर्माता विजय प्रसाद के एह फिल्म क निर्देशन राष्ट्रपति पुरस्कार प्राप्त बृजभूषण कइले बाड़न.

फिल्म में नया सितारा अंजनी चतुर्वेदी, राकेश चतुर्वेदी, दिव्या द्विवेद्वी, श्रीकांकनी, गोपाल राय, विजय प्रसाद, डॉ॰ राजेश अस्थाना, सुजीत सार्थक आ संजय पाण्डेय के खास भूमिका बा. निर्माता विजय प्रसाद मोतिहारी के रहे वाला हउवन त निर्देशक बृजभूषण मुफ्फरपुर के. एह फिल्म के जरिये गाँव से शहरन का ओर होखत पलायन के समस्या देखावल गइल बा. बतावल गइल बा कि महानगर, शहर के छोड़ अपना गाँव, कस्बो मे सही राह पर चलिके सफलता लिहल जा सकेला.

फिल्म के संगीतकार के॰ रत्नेश आ गीतकार अशोक सिन्हा हउवे.


(प्रशांत निशांत के भेजल रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..