दस का दम
-

दस का दम खाली सलमाने खान का लगे नइखे बलुक भोजपुरी सिनेमो में एह घरी नंबर वन खलनायक संजय पांडे आ नंबर वन निर्देशक राजकुमार पांडे के ‘दस का दम’ देखे के मिलत बा. ना समुझनी त चलीं बता देता बानी.

दरअसल संजय पांडे आ राजकुमार पांडे अबले कुल दस फिलिम में एक साथ काम कइले बा लोग. एहमें से बेसी फिलिम सफलता के नया रिकार्ड बना दिहली स. संजय पांडे आ राजकुमार पांडे के जोड़ी के पहिला फिलिम रहे ‘कहिया डोली लेके अईबऽ’. साल 2003 में रिलीज एह भोजपुरी फिल्म से राजकुमार पांडे बतौर निर्देशक अपना पारी के शुरुआत कइले त संजयो पांडे के कैरियर के शुरूआत एही फिलिम से भइल.

एकरा बाद राजकुमार पांडे जइसन दिग्गज निर्देशक संजय पांडे के लेके ‘दिवाना’, ‘देवरा बड़ा सतावेला’, ‘सात सहेलियां’, ‘लहरिया लूटऽ ए राजा जी’, ‘सईयां के साथ मड़ईया में’, ‘मैं नागिन तू नगीना’, ‘दुश्मनी’ आ पर साल के सबले बड़ हिट फिल्म ‘ट्रक ड्राईवर’ दर्शकन के दिहले, एह नौ फिलिमन का बाद अब एह जोड़ी के दसवीं फिलिम के नाम हवे ‘सौगंध गंगा मईया के’. एह फिल्म के शूटिंग आजुकाल्हु वाराणसी में चलत बा. एज दस का दम पर खुद राजकुमार पांडे संजय पांडे के तारीफ करत कहलन कि ऊ कमाल के इंसान हउवे आ उनुका साथे काम कइल बहुते नीक लागेला. संजयो पांडे राजकुमार के निर्देशन के तारीफ करेले कि उनुका निर्देशन में कलाकारन के पूरा प्रतिभा परदा पर आ जाला.

त इहे ह भोजपुरिया ‘दस का दम’.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts