Month: July 2013

बलिया टीडी कॉलेज के प्रवेश शु्ल्क के मामिल सलटल

पिछला चार दिन से टीडी कॉलजे के प्रवेश शुल्क कम करावे खातिर पुरनका छात्र नेता लोग के अनशन प्रदर्शन काल्हु जूस पी के खतम कर दिहल गइल. एह पुरनका नेता लोग के जिद्द का आगा झुकत प्रशासन आ प्राचार्य प्रवेश शुल्क घटा के एक सौ रुपिया करे...

Read More

देवघर खातिर स्पेशल रेलगाड़ी

सावन का महीना में काँवरियन के भीड़ देखत पूर्व मध्य रेलवे नरकटियागंज से मोतिहारी मुजफ्फरपुर होखत देवघर जाए खातिर स्पेशल ट्रेन चलाई जवन एक दिन का आँतर पर नरकटियागंज से जसीडीह ले जाइल करी. बतावल गइल बा कि 22 जुलाई से 23 अगस्त का बीच...

Read More

मशरख के सगरी के त ना बाकिर एगो बच्चा के परिवार के मिली पांच लाख रुपिया के मुआवजा

सारण जिला के मशरख का धरमसती गाँव के प्राइमरी स्कूल के तेइस गो लड़िका मिड डे मील खा के मर गइले. एह हादसा का बाद सरकार बाइस गो परिवार के दू दू लाख आ एगो परिवार के पाँच लाख रुपिया के मुआवजा दी. एह तरह के फैसला एह चलते भइल बा कि ऊ...

Read More

एको बरखा ना झेल पवलसि सरकारी पुलिया

दोन क्षेत्र के वन विभाग द्वारा बनावल जात एगो पुलिया पहिलके बरखा में ढह गइल. दोन क्षेत्र के चंपापुर, वनवारी का लगे एगो बरसाती नाला पर पुलिया बनावल जात रहुवे जवना पर बरखा के मौसम का चलते काम रोक दिहल गइल रहे. अब ऊ पुलिया बरखा से...

Read More

दहेज में मोटरसाइकिल ना मिलला का चलते दुलहिन के जरा दिहले

रोहतास जिला के दरिहट टोला में दहेज में मोटरसाइकिल ना मिलला का चलते बियफे के रात एगो दुलहिन के जरा के मुआ दीहल गइल. मरे वाली कनिया के भाई का शिकायत पर ओकरा पति समेत चार जने पर दहेज हत्या के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. अइसने एगो...

Read More

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।