Month: July 2013

बोधगया के महाबोधि मंदिर का नियरा पाँच गो बम फाटल

आजु अतवार का भिनुसारे बोधगया में भगवान बुद्ध के महाबोधि मंदिर का नियरा नौ गो बम फाटल. एह बम विस्फोटन में पाँच गो बौद्ध भिक्षुवन के घवाहिल होखे के खबर बा. एहमें दू जने के हालत बहुत गंभीर बतावल जात बा. सबेरे साढ़े पाँच बजे ई सगरी...

Read More

अमित शाह के छोड़ल रामबाण निशाना पर लागल

भाजपा महासचिव अमित शाह काल्हु अयोध्या में पार्टी का मीटिंग में गइल रहलें. अयोध्या गइलें त राममंदिर जाहीं के रहे. मंदिर से निकलत घरी पत्रकारन के सवाल का जवाब में कहलन कि हम भगवान से प्रार्थना कइनी कि जल्दिए एगो भव्य राममंदिर बने...

Read More

गुजरात में बइठल नरेन्द्र मोदी बिहार के भाजपा कार्यकर्तन से बतियवलन

देश में अपना तरह के पहिला प्रयास में गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु बिहार के डेढ़ हजार भाजपा कार्यकर्ता लोगन से मोबाइल फोन से बतियवलन. डेढ़ो हजार लोग के फोन के घंटी एके साथ बाजल आ सभे उनका से होत बातचीत के सुनल. अपना...

Read More

बलिया में लोग रात रात भर पहरा देत बा कटान का चलते

बलिया के सती घाट भुसौला के दस परिवारन के मकान नदी के कटान में समा गइल बा, अब नरदरा बस्ती का सोझा कटान होखे लागल बा. नदी के कटान पर लोग रात रात भर जाग के नजर राखत बा आ आपन आपन सामान बचावे का जुगत में लागल रहत बा. गायघाट पर गंगा...

Read More

गाजीपुर में गंगा के कटान से लोग पर बिपत के अरार टूटल

गाजीपुर का सेमरा आ पूरवा शिवराय मे पचास से अधिक परिवार आपन घर मकान छोड़ सरकारी आश्रय का शरण में चल गइल बाड़े. एह बीच पाँच सौ मीटर लमहर इलाका में नाहियो त डेढ़ सौ मीटर जमीन कटान के शिकार बन चुकल...

Read More

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।