साल: 2013

गंगा बलिया में अबहियों खतरा के निशान से उपर

शुक का दिने बलिया में : गंगा आ घाघरा दुनु स्थिर रहली स बाकिर अबहियों खतरा के निशान से बहुते उपर बहत बाड़ी सं. शुको का दिन एक दर्ज घर नदी के कटान में समाहित हो गइली सं. नरदरा, जगदीशपुर, भुसौला कमकर बस्ती, दलित बस्ती दामोदरपुर...

Read More

ट्रेन बढ़वला के पहिलहीं गोलबंदी बढ़ गइल

पटना-डेहरी इंटरसिटी के भभुआ ले आ ओहिजे से चलावे के फैसला का बाद डेहरी के लोग खिसियाइल बा. ओह लोग के कहना बा कि ट्रेन डिहरीए से खुले के चाहीं आ अगर भभुआ से चलावे के बा त एगो नया ट्रेन भभुआ वाया सासाराम, डिहरी-गया होके पटना ले...

Read More

झंडा फहरावे का झगड़ा में एक आदमी मरल डेढ़ दर्जन लोग घवाहिल

रोहतास जिला के शिवसागर इलाका के बड्डी गांव में बियफे का दिने झंडा फहरावे का झगड़ा मे दू गो गुट में भिड़न्त हो गइल. एह झगड़ा में एक आदमी के मौत हो गइल आ डेढ़ दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. चार आदमी के हालत बहुते बिगड़ गइल त ओह लोग के पटना...

Read More

नारायणी नदी के तेज धार से कटान तेज

नेपाल के बाल्मीकि नगर से छोड़ल पानी से महाराजगंज में नारायणी नदी के धार तेज हो गइल बा आ एकरा चलते स्परन पर दबाव बढ़ गइल बा. बंधा के जर्जर हालत का चलते प्रशासन सकपकाइल बा कि का जाने कब कहवाँ से बंधा टूट जाव. जिला में राप्ती आ रोहिन...

Read More

जौनपुर में बाढ़ फेरु लवटि आइल

जौनपुर में गोमती के पानी बढ़ल फेरु शुरु हो गइल बा आ निचला इलाका में बाढ़ के पानी फेर पसर गइल बा. हनुमान घाट, गूलर घाट, गोपी घाट, बलुआ घाट, बजरंग घाट डूब गइल बाड़ी सँ. शाही पुल के नीचे बनल गोमतेश्वर महादेव के मंदिरो आधा डूब गइल बा....

Read More

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..