31 मई के ‘कोठा’ पर बिकइहें रिंकू घोष

rinku-white-sari‘गंगा जमुना सरस्वती’ आ ‘साली बड़ी सतावेली’ जइसन ब्लॉक बस्टर फिलिम दिहला क बाद अब सिनेमा भोजपुरी के अव्वल अदाकारा रिंकू घोष के अगिला फिलिम ‘कोठा’ प्रदर्शन ला तइयार बा. एकरा के 31 मई के बिहार में रिलीज कइल जाई,

‘कोठा’ में रिंकू घोष एगो अइसन कनिया बाड़ी जेकरा के ओकर पति अपना मजबूरी में कोठा पर बेच देता. एह फिलिम के शूटिंग रायपुर के मुक्तांगन में भइल रहे आ लाजवाब लोकेशन वाली एह फिलिम में रिंकू घोष के भूमिका उनकर फिलिम ‘बिदाई’ के याद दिलाई. ‘कोठा’ फिलिम ला रिंकू घोष बहुते उछाह में बाड़ी. लीक से हटल भूमिका चुने में रिंकू घोष के केहु तोड़ नइखे.

‘कोठा’ के निर्देशक हउवें मनोज श्रीपति झा, कहानी लेखक सुरेन्द्र मिश्रा आ मनोज श्रीपति हउवें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।