भोजपुरी हंगामा नाइट में कलाकार, डाक्टर आ क्रिकेटर एक मंच पर

सिवान जिला के रघुनाथपुर के संठी गाँव में साईं हेल्थकेयर का तरफ से आयोजित एगो कार्यक्रम भोजपुरी हंगामा नाइट इलाका के लोग के भरपूर मनोरंजन कइलसि. एह कार्यक्रम में सिनेमा भोजपुरी के अदाकारा पाखी हेगडे, मशहूर लोक गायक अरविंद अकेला कल्लू, कलाकार निशा, खूशी, विपिन बिहारी, मोनिका, लिजा, गायिका इंदु सोनाली. क्रिकेटर प्रमोद आ तरुण समेत अनेके लोग शामिल भइल. मुख्य अतिथि रहलन सांसद ओम प्रकाश यादव, विधान पार्षद मनोज कुमार सिंह, विधायक आ मशहूर गीतकार विनय बिहारी, आ जिला पार्षद अनिल सिंह.

एही मंच से फिलिम “प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद” के आडियो कैसेट के लोकार्पणो कइल गइल. एह फिलिम मे बारह गो विधायक आ दु गो सांसदो परदा पर लउकीहें. एकर गीतकार आ संगीतकार हउवन विधायक विनय बिहारी.

0 Comments

Recent Posts