"लव यू सजना" पिछला हफ्ता बिहार में धमाकेदार तरीका से रिलीज

चर्चित गायक मोहन राठौर आ डांसिग स्टार लकी के पहिलका फिलिम “लव यू सजना” पिछला हफ्ता बिहार में धमाकेदार तरीका से रिलीज हो गइल. फिलिम के पूरा सफल बतावल जात बा.

(8 Sept 12)
7 सितम्बर से बिहार में ‘लव यू सजना’
सुर संग्राम जीत के चरचा में आइल गायक मोहन राठौर आ डांसिंग स्टार लकी के बतौर नायक पहिलका फिलिम ‘लव यू सजना’ सात सितम्बर स बिहार में रिलीज होखे वाला बा. लोग के कहना बा कि एह फिलिम से सिनेमा भोजपुरी के दूगो अउर स्टार मिले वाला बा. फिलिम के नायिका बाड़ी सुमन झा. कृष्णा अमृत फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तले राजेश विश्वकर्मा के बनावल संजय निर्देशित फिलिम ‘लव यू सजना’ में जबरदस्त एक्शन, कॉमेडी, रोमांच देखे के मिले वाला बा. एकर एक से बढ़ के एक गीत संगीतो यादगार होखे वाला बा.

लव यू सजना के कार्यकारी निर्माता नागेन्द्र शर्मा, सहयोगी निर्माता नवाब विश्वकर्मा अउर सुभाष निषाद, गीतकार प्यारे लाल कवि, फणीन्द्र राव अउर उमेश अनमोल, संगीतकार सुनील महिपाल क जोड़ी, कहानीकार यतीन्द्र कुमार आ पटकथा अउर संवाद लेखक अनिल विश्वकर्मा, मारधाड़ निर्देशक हीरालाल यादव, कैमरामैन रविराज सिंह आ ध्वनिमुद्रक इंद्रदेव चौरसिया हउवें.

फिल्म में विरेन्द्र चौहान उर्फ निरहू समेत बाकी कलाकारन में वंदिनी मिश्रा, अयाज खान, हीरालाल यादव, दिनेश राय, किट्टू आ प्रमोद गोस्वामी खास बाड़ें.


(शशिकांत सिहं रंजन सिन्हा के रपट)(5 Sept 12)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।