अंजना सिंह के मिलल पुरवैया अभिनय कला सम्मान
-

पिछला दिने लखनऊ के हजरतगंज में “पुरवैया” संस्था का ओर से राज्य के बाल विकास आ बेसिक शिक्षा मंत्री राम गोविन्द चौधरी अउर समाजसेविका अनुराधा मिश्रा के हाथे सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक अंजना सिंह के पुरवैया कला सम्मान २०१२ से सम्मानित कइल गइल. एह मौका पर भोजपुरी क चर्चित गायिका देवी, नौ बरीस के आर.टी आई कार्यकर्ता बेबी ऐश्वर्या शर्मा, अंजन टी वी के सीईओ मंजीत हंस, सी.बी.सिंह, सुरेन्द्र गिरी, मनीष सिंह गुरु भाई, अनिल कुमार, धनंजय प्रताप वगैरह सम्मानित होखे वालन में शामिल रहल.

कार्यक्रम में देवी आपन लोकगायन पेश कइली. अंजना सिंह अपना धन्यवाद ज्ञापन में कहली कि उहो ना सोचले रहली कि उनका शहर के लोग उनुका के खास अतिथि बना के सम्मानित करी. कहली कि सम्मान मिलला से कलाकारन के उत्साह बढ़ेला आ उहो अपना के गौरवान्वित महसूस करत बाड़ी.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts