संघ, विहिप आ बजरंग दल पर प्रतिबंध लगावे के माँग कइली मायावती

बसपा के जातीय सम्मेलनन के सही ठहरावत मायावती अतवार का दिने कहली को कोर्ट के लगावल रोक का बाद अब बसपा सर्वसमाज भाईचारा का नाम पर सम्मेलन कइल करी. कहली कि जाति सम्मेलन रोके से अधिका जरूरी विहिप, संघ, आ बजरंग दल जइसन संगठनन के रैली पर रोक लगावल बा जे धरम का नाम पर परदा का पाछा से राजनीति करेले.

मायावती के एह बात पर विरोध जतावत भाजपा के कहना बा कि अतना चाहत बाड़ी आ अपने समर्थन पर टिकल केन्द्र सरकार के मजबूर काहे नइखी कर देत.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..