रिंकू घोष बनली फिल्म फेयर में छपे वाली पहिला भोजपुरी अदाकारा

सिनेमा भोजपुरी में हर स्टार संगे ‘स्क्रीन’ शेयर करे वाली रिंकू अब एगो नया रिकार्ड बनवले बाड़ी, मशहूर फिल्म पत्रिका फिल्म फेयर में पहिला बेर कवनो भोजपुरी अदाकारा के जगहा दिहल गइल बा. उनुकर फोटो शूट करावे खातिर पत्रिका महँग हेयर ड्रेसर आ मेकअप मैन के इंतजाम कइले रहुवे.
‘फिल्म फेयर’ पत्रिका में रिंकू घोष के बारे में लिखल गइल बा कि ऊ साल 2003 से भोजपुरी सिनेमा में सक्रिय बाड़ी आ अपना पहिलके फिल्म ‘सुहागन बना दऽ सजना हमार’ से सिनेमाप्रेमियन का दिल पर राज कइल शुरू कर दिहली. रिंकू घोष बहुत हँस मुख स्वभाव के हई आ उनुकर खिलखिलात हँसी पूरुआ के झोंका जइसन हवे.

रिंकू घोष भोजपुरी सिनेमा के हर स्टार संगे स्क्रीन शेयर कइले बाड़ी आ करतो जात बाड़ी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।