मोनिका सिंह बत्रा ‘कोठा’ पर नजर अइहें
-

सिनेमा भोजपुरी के चर्चित अदाकारा मोनिका सिंह बत्रा अब ‘कोठा’ पर नजर अइहें. मनोज श्रीपति का निर्देशन में बने वाली एह फिल्म खातिर पिछला दिने उनुका के साइन कइल गइल. एह फिल्म ‘कोठा’ में तीन गो नायिका बाड़ी, ड्रीम गर्ल रिंकू घोष, मोनिका सिंह बत्रा अउर गुंजन पंत. भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी संगे ‘एलान बा’ से अपन कैरियर क शुरुआत करे वाली मोनिका भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन आ पवनो सिंह साथे बतौर नायिका धड़ाधड़ फिलिम साईन करत बाड़ी. पवन सिंह संगे मोनिका बत्रा के फिल्म ह ‘खून के इल्ज़ाम’. बला के खूबसूरत मोनिका मार्शल आर्ट ट्रेंड हई. साथही अपना डांस से ऊ परदा पर बिजली गिरावेली. समय से पहिले सेट पर चहुँपे वाली मोनिका बत्रा अपना अदाकारी आ व्यवहार कुशलता का बल पर एक दिन भोजपुरी वर्ल्ड में नम्बर वन बन के रहीहें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts