आसमान से परी बन के उतरली सीमा सिंह

पिछला दिने मुंबई में दही हाँडी का मौका पर जागेश्वरी के बेहरामबाग नाका के दही हाडी में हाँड़ी फोड़ेवालन के उत्साह बढ़ावे चहुँपल रहली फोटो में आयोजक ओपी गुप्ता उनकर स्वागत कइलें.

पिछला दिने मुंबई में दही हाँडी का मौका पर जागेश्वरी के बेहरामबाग नाका के दही हाडी में हाँड़ी फोड़ेवालन के उत्साह बढ़ावे चहुँपल रहली फोटो में आयोजक ओपी गुप्ता उनकर स्वागत कइलें.

भोजपुरी डांसिंग क्वीन सीमा सिंह पिछला दिने ‘करे ला कमाल धरती के लाल’ फिलिम ला एगो लैविश आयटम नंबर शूट करवली. एह खातिर उनका ला एगो बहुते महँग ड्रेस बनवावल गइल रहुवे. राजपिपला में खास सेट लगावल गइल रहे आ ओह सेट पर आसमान से परी बन के उतरली सीमा सिहं ठीक वइसहीं जइसे एक जमाना में बालीवुड फिलिमन में हेलेन के उतारल जात रहे. ड्रेसो ओही तरह के महँग रहे जइसन बालीवुड हिरोइनन के होला.
Seema-pari
सीमा सिंह के कहना बा एह परी वाली सीन का बारे में सुन के ऊ चऊँकल रही काहे कि अइसन बड़की हिदी फिलिमन में कइल जाला. एह फिलिम के लेखक-निर्देशक कुमार विकल आ नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी हउवें.

एह फिलिम के मुख्य कलाकारन में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह, मोनालिसा, अक्षरा सिंह, अंजना सिंह, नया कलाकार सचित, बृजेश त्रिपाठी आ आनंद मोहन के नाम बा,


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..