आसमान से परी बन के उतरली सीमा सिंह

पिछला दिने मुंबई में दही हाँडी का मौका पर जागेश्वरी के बेहरामबाग नाका के दही हाडी में हाँड़ी फोड़ेवालन के उत्साह बढ़ावे चहुँपल रहली फोटो में आयोजक ओपी गुप्ता उनकर स्वागत कइलें.

पिछला दिने मुंबई में दही हाँडी का मौका पर जागेश्वरी के बेहरामबाग नाका के दही हाडी में हाँड़ी फोड़ेवालन के उत्साह बढ़ावे चहुँपल रहली फोटो में आयोजक ओपी गुप्ता उनकर स्वागत कइलें.

भोजपुरी डांसिंग क्वीन सीमा सिंह पिछला दिने ‘करे ला कमाल धरती के लाल’ फिलिम ला एगो लैविश आयटम नंबर शूट करवली. एह खातिर उनका ला एगो बहुते महँग ड्रेस बनवावल गइल रहुवे. राजपिपला में खास सेट लगावल गइल रहे आ ओह सेट पर आसमान से परी बन के उतरली सीमा सिहं ठीक वइसहीं जइसे एक जमाना में बालीवुड फिलिमन में हेलेन के उतारल जात रहे. ड्रेसो ओही तरह के महँग रहे जइसन बालीवुड हिरोइनन के होला.
Seema-pari
सीमा सिंह के कहना बा एह परी वाली सीन का बारे में सुन के ऊ चऊँकल रही काहे कि अइसन बड़की हिदी फिलिमन में कइल जाला. एह फिलिम के लेखक-निर्देशक कुमार विकल आ नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी हउवें.

एह फिलिम के मुख्य कलाकारन में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह, मोनालिसा, अक्षरा सिंह, अंजना सिंह, नया कलाकार सचित, बृजेश त्रिपाठी आ आनंद मोहन के नाम बा,


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।