भाई के हत्यारा भाई के उमिर कैद मिलल

देवरिया जिला अदालत भाई के हत्यारा सगा भाई के उमिर कैद आ बीस हजार जुर्माना के सजा सुनवले बिया.
बभनियांव इलाका के मईल गाँव के दू गो भाई धनंजय दुबे आ विजय शंकर दुबे का बीच जमीन ले के झगड़ा चलत रहुवे. एही चलते 16 जनवरी 2010 के विजय शंकर दुबे अपना सगा भाई धनंजय दुबे के टाँगी से काट के हत्या कर दीहले रहे.
एही मामिला में अपर एवं सत्र न्यायाधीश अंगद प्रसाद धनंजय दुबे के हत्या करे के दोषी ठहरावत उमिर कैद आ बीस हजार रुपिया के जुर्माना के सजा सुनवले.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..